कातिक महिनवा के आजु शुभ दिनवा

कातिक महिनवा के आजु शुभ दिनवा 

कातिक महिनवा के आजु शुभ दिनवा ,
सुरूजदेव के आज दिन एतवार हे ।
हमरो अरघ सुरूजदेव स्वीकारीं ,
हमरो बा रउए पर एतबार हे ।।
सूरूजदेव के छठी माई बाड़ी बहिनिया ,
परबईतिन लोग करे आज पुकार हे ।
सूरूजदेव छठी माई सुनीं ना अरजिया ,
अब लीहीं ना अरघ हमार हे ।।
कबसे लगईले बानी हमहूॅं अरदसिया ,
चलत बाटे शीतल बेयार हे ।
होत बाटे रऊरी अस्ताचल के बेरिया ,
अरघ लिहले बानीं कबसे ठाढ़ से ।।
जय जय जय हे छठिय मईया ,
महिमा बा रऊरी अपार हे ।
पहिलका अरघ भाई बहिनीं स्वीकारीं ,
इहे बाटे अरजी हमार हे।।
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
अरुण दिव्यांश
डुमरी अड्डा
छपरा ( सारण )बिहार ।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ