हमार सइयाँ

हमार सइयाँ

श्री मार्कण्डेय शारदेय
हमरो सइयाँ अवतारी बा।
लाचारी ब्रह्मचारी बा।
झूठ-कपट से दूर रहेला,
बाकिर बोलल जारी बा।।
लोगन खातिर जीयेके मन,
बाकिर घर-परिवारी बा।
लूट-खसोट न जाने तनिको,
फिर भी बड़ भंडारी बा।
संन्यासी अस मन निस्पृह बा,
हाथे झोरा भारी बा।
हिंसक भाव कभी ना आइल,
दूनो हाथे आरी बा।
लूर भले ना कवनो सुबहित,
तबहूँ बड़ व्यापारी बा।
ना जाने कवना गुनाह पलोगन के मुँह गारी बा।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ