सावन मनभावन

सावन मनभावन

सावन के आईल बहार बहार ,
पिया तोहार बाड़न आईल ।
बरखा के भईल बौछार बौछार ,
पिया तोहार बाड़न आईल ।।
सावन मनभावन साजन के रसिया ।
सावन सुहावन बड़ी रंगरसिया ।।
साजन बिन सावन कभी ना सुहाय ।
साजन बिन सावन जईसे काटे धाए ।।
सुंदर घटा बा तईयार तईयार ,
पिया तोहार बाड़न आईल ।
पानी के होत बा बौछार बौछार ,
पिया तोहार बाड़न आईल ।।
धान रोपनी के खेत तईयार बा ।
आज बरखा के खूबे सुतार बा ।।
भोले बाबा के महिमा अपार बा ।
एहि बरखा के कृषक तलबगार बा ।।
कृषक खुशी इजहार इजहार ,
पियातोहार बाड़न आईल ।
अंखिया कर ल तूहूॅं चार चार ,
पिया तोहार बाड़न आईल ।।
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
अरुण दिव्यांश
छपरा ( सारण )बिहार ।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ