Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

इंगलिश मीडियम स्कूल जब से,

इंगलिश मीडियम स्कूल जब से,

गाँव देहात में भी खुल गइल ।
भोजपुरी भाषा वाला बचवा सब,
भोजपुरी बोलल भुल ग‌इल ।।
स्कूल मालिक लोग खातिर,
खुबे बढ़ियां इ स्कूल धंधा बा।
बाकिर पढ़ावे वाला गुरु जी लोग के,
इंगलिश में बुद्धि खुदे मंदा बा ।।
अइसन स्कूल में बचवा सब,
इंगलिश का आउर कैसे सिखिहें।
माई बाबू बोलल भुला ज‌इहें।
दु अक्षर खाली मम्मी डैडी लिखिहें।।
अइसन स्कूल में टाई वाला,
ड्रेस पहिन के बचवा सब ज‌इहें।
आपन भोजपुरी बोलल भुला दिहें ,
इंगलिश बोले भी ना प‌इहें।।
पढ़ लिख के बड़का बने खातिर ,
मन से सब भाषा पढ़ल जरूरी बा।
माई बाबू घर परिवार आउर अपना,
समाज में बतियावे खातिर,
भोजपुरी भाषा एकदम जरूरी बा।। 
 जय प्रकाश कुवंर
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ