शारदा सिन्हा जी को विनम्र श्रद्धांजलि
जय प्रकाश कुवंररउरा ब्रह्मलीन हो गइनी।
आखिर रउरा चलिए गइनी।।
अबहीं छठ ब्रत चलत बा।
राउर गइल खुब खलत बा।।
केलवा के पात पर उगेले सुरजमल,
अइसन गीत अब के गाई।
आखिर रउरा चलिए गइनी,
जन जन के प्रिय शारदा माई।।
केहू ना जानत रहे,
छठ पूजा का समय अइसन दिन आई।
एक तरफ लोग छठ के दौरा उठाई,
एक तरफ लोग राउर अर्थी उठाई।।
छठ गीत गा के रउरा,
छठी मइया के खुश कइनीं।
अंत में छठी मइया अपना शरण में,
रउरा के बुला लिहनीं।।
जब ले सुरज देव आउर छठी मइया रही हें,
राउर नाम वो कीर्ति जग में अमर रही हें।।
आखिर रउरा चलिए गइनी।।
अबहीं छठ ब्रत चलत बा।
राउर गइल खुब खलत बा।।
केलवा के पात पर उगेले सुरजमल,
अइसन गीत अब के गाई।
आखिर रउरा चलिए गइनी,
जन जन के प्रिय शारदा माई।।
केहू ना जानत रहे,
छठ पूजा का समय अइसन दिन आई।
एक तरफ लोग छठ के दौरा उठाई,
एक तरफ लोग राउर अर्थी उठाई।।
छठ गीत गा के रउरा,
छठी मइया के खुश कइनीं।
अंत में छठी मइया अपना शरण में,
रउरा के बुला लिहनीं।।
जब ले सुरज देव आउर छठी मइया रही हें,
राउर नाम वो कीर्ति जग में अमर रही हें।।
जय प्रकाश कुवंर🌹🌹🙏🙏
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag
0 टिप्पणियाँ
दिव्य रश्मि की खबरों को प्राप्त करने के लिए हमारे खबरों को लाइक ओर पोर्टल को सब्सक्राइब करना ना भूले| दिव्य रश्मि समाचार यूट्यूब पर हमारे चैनल Divya Rashmi News को लाईक करें |
खबरों के लिए एवं जुड़ने के लिए सम्पर्क करें contact@divyarashmi.com