Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है अपना सहयोग हमारे इस खाते में जमा करने का कष्ट करें | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

सत्यनारायण कथा होला त

सत्यनारायण कथा होला त

जय प्रकाश कुवंर
सत्यनारायण कथा होला त,
कम ही लोग कथा सुनेला।
ज्यादा लोग के ध्यान,
पारसादी का तरफ लागल रहेला।।
 
आज कल कवनो ज्ञान चर्चा,
सत्यनारायण कथा हो ग‌इल बा।
लोग सुने के कम चाहत बा,
सब कर ध्यान एही बात पर रहत बा ,
ऐह से हमार का लाभ होई,
इहे सब कोई जाने के चाहत बा।।
 
ज्ञान चर्चा और कथा होला,
समाज के बनावे खातिर।
वाचक लोग चर्चा ना करे,
खाली सबका के सुनावे खातिर।।
 
व्यक्तिगत लाभ के आगे,
लोग समाज के भुला ग‌इल बा।
संसय में मन परल बा,
अब क‌इसन दिन आ ग‌इल बा।। 

हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ