Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है अपना सहयोग हमारे इस खाते में जमा करने का कष्ट करें | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

आज संसद में भ‌इल जवन हाल बा।

आज संसद में भ‌इल जवन हाल बा।

इ दशा देख के सारा देश बेहाल बा।।
अइसन धक्का मुक्की मेला में होला।
जहाँ नीमन बेजांय सब तरह के लोग जुटेला।।
संसद में सब कोई माननीय कहाता।
गणतंत्र का मंदिर में इ हाल ना सुहाता।।
के चलनी के चालल बा, के सूप के डगारल बा।
सबका माथा पर, खाली आरोप मढ़ाता।।
अपना अपना गीरेबान में केहू झांकत नइखे।
एक दूसरा पर आरोप लगा के, सभे चिल्लात बा।।
सारा देश लज्जित बा, सिर फुटौवल देख के।
कुछ माननीय लोग दहाड़त बा, लाज शर्म छोड़ के।।
कतनो केहू विद्या पढ़ाई, दुर्जन कबो अच्छा ना होई।
करैला के दूध से धोके बनवला पर भी सब्जी मीठा ना होई।। 
 जय प्रकाश कुवंर
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ