आपन आपन डफली बा,
आपन आपन राग ।केहू केहू झगड़ जाता,
केहू जाता भाग ।।
छोटी छोटी मुद्दा पर,
खाली बात बनौवल बा।
उल्टा पुल्टा तर्क देके,
खाली सिर फुटौवल बा।।
हंसुआ का विवाह में,
लोग गावता खुरपी के गीत।
अइसन लोग के, के समझाई,
के सकी एह लोग से जीत।।
अइसन झुंड में,
ना गइल ही चतुराई बा।
अइसन लोग का मुंह,
ना लगला में ही भलाई बा।।
जय प्रकाश कुवंर
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag
0 टिप्पणियाँ
दिव्य रश्मि की खबरों को प्राप्त करने के लिए हमारे खबरों को लाइक ओर पोर्टल को सब्सक्राइब करना ना भूले| दिव्य रश्मि समाचार यूट्यूब पर हमारे चैनल Divya Rashmi News को लाईक करें |
खबरों के लिए एवं जुड़ने के लिए सम्पर्क करें contact@divyarashmi.com