Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है अपना सहयोग हमारे इस खाते में जमा करने का कष्ट करें | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

केहू चाहे माने ना माने।

केहू चाहे माने ना माने।

राम जी के बात राम जी हीं जानें ।।
राम जी के फूल सबे चढ़ावेला ।
मेवा मिष्ठान के भोग लगावेला।।
केकर मन पूजा करत साफ बाटे।
केकरा मन में म‌इल बा।।
राम जी के आशीर्वाद टोकरी में,
लागत बाटे सबका खातिर ध‌इल बा।।
साफ मन से जो कोई,
राम जी के पूजा करेला।
राम जी के नजर आशीर्वाद,
ओकरे उपर पड़ेला।।
एतना छोटी चूकि बात काहे,
केकरो समझ ना आवेला।
मन में सब मैल पोस के,
राम जी के ध्यान लोग लगावेला।।
छल कपट छोड़ के, विस्वास से,
जे लोग राम जी के माने।
ओकरे भक्ति पूजा सुफल होला,
इहे सत्य हवे,
ओकरा बाद,
राम जी के बात राम जी हीं जानें।।

जय प्रकाश कुंवर
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ