Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है अपना सहयोग हमारे इस खाते में जमा करने का कष्ट करें | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

हमार भोजपुरी

हमार भोजपुरी

हमार भोजपुरी काहे बा सूना ,
कहाॅं बा भाई बहिन मुन्नी मुन्ना ।
बुझात बा कि नईखे कोई इहाॅं ,
सब कोई भाग गईल बा पूना ।।
हमार भोजपुरी ई बाटे भाषा ,
बिहार यूपी के बाटे इ खासा ।
मध अईसन मीठ बा भोजपुरी ,
पानीए में डालके खाईं बताशा ।।
हिन्दी से कम भोजपुरी नईखे ,
अंगरेजी से सीधे मार करेला ।
चुनौती देवे अंग्रेजी के भोजपुरी ,
हर क्षेत्र के इ भोजपुरिए भरेला।।
एह भोजपुरी से खाली पटल ,
कहाॅं गईल लोग जे रहे डटल ।
भोजपुरिए हमनी के बाटे नाज ,
काहे भईलीं अलग जे रहे सटल।।
आईं आईं सब भाई बहिन आईं ,
भोजपुरी रचना से पटल सजाईं ।
मंच पर सादर बाटे राउर स्वागत ,
डटके मंच रउआ सर्वश्रेष्ठ बनाईं ।।
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
अरुण दिव्यांश
डुमरी अड्डा
छपरा ( सारण )बिहार ।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews #Divya Rashmi News, #दिव्य रश्मि न्यूज़ https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ